गायक : मुन्ना सिंह सूतही के रहे तहरा हो...... सूतही के रहे तहरा खेत खरिहानी गवना काहे ले अइला गवना काहे ले अइला हम पूछत...
गायक : मुन्ना सिंह
सूतही के रहे तहरा हो......
सूतही के रहे तहरा खेत खरिहानी
गवना काहे ले अइला
गवना काहे ले अइला
हम पूछतानी
गवना काहेे ले अइला हम पूछतानी
गवना काहेे ले अइला हम पूछतानी
सूतही के रहे तहरा खेत खरिहानी
गवना काहे ले अइला हम पूछतानी
टोला परोसा गांव हसत बा
बलमा गंवार नाही तहरा सुझत बा
झांक तानि दिन रात मुंह से न आवे बात
हमरा से कहे रउआ बूझेनी बिरानी
गवना काहे ले अइला हम पूछतानी
गवना काहे ले अइला हम पूछतानी
आसा लगवनी निरासा तू कइल
आप कसम रतिया कहवां बिताला
कवन सवित संग मौज पेल ला
पियवा के बतिया तहरा का जान तानि
गवना काहे ले अइला हम पूछतानी
गवना काहे ले अइला हम पूछतानी
जब नाहिं रतिया सेजरिया पे अइवा
जियते बलम पिया देह नहीं पइब
मन करे खाई जहर चाहे चली जाई नैहर
अब न सहब ताना मारेली जेठानी
गवना काहे ले अइला हम पूछतानी
गवना काहे ले अइला हम पूछतानी
चढ़ली जबनिया में बड़ा धोखा देल
कवना जनवमा के बदला तू ले ल
पांडे हो नगीना शरम लाज छोरल
बोलवा त झारू से मारनी सटानी
गवना काहे ले अइला हम पूछतानी
सूतही के रहे तहरा खेत खरिहानी
गवना काहे ले अइला हम पूछतानी
No comments