Searching...
Tuesday, April 14, 2020

दबे पांव अइह नजरिया बचा के




फिल्म : पटना से पाकिस्तान
गायक : कल्पना

दबे पांव अइह नजरिया बचा के
दबे पांव अइह नजरिया बचा के
केवारी के ताला 
केवारी के ताला अगर बंद पइह
सिकरिया बजैइह नजरिया बचा के
दबे पांव अइह नजरिया बचा के



चढ्ल जाइ रात जब झांकी चंदनिया
झूर झूर झूर के पूरबा सिहरी बदनिया
चढ्ल जाइ रात जब झांकी चंदनिया
झूर झूर झूर के पूरबा सिहरी बदनिया
मिलन के ही आवे मिलन के ही आवे
जोगल ओसवा के
ओसरा पुरइह अचरवा ओढ़ा के
दबे पांव अइह नजरिया बचाके


बाबत जवानी के बा पड़ल ए सवरिया
पीरा पिरितिया के बा कइले बावरिया
बाबत जवानी के बा पड़ल ए सवरिया
पीरा पिरितिया के बा कइले बावरिया
करब इंतजार हम  करब इंतजार हम
अंखिया बिछा के
रात भर जगइह जइ ह न आ के
रात भर जगइह जइ ह न आ के
दबे पांव अइह नजरिया बचा के

0 comments:

Post a Comment

loading...

advertisement

 
Back to top!