गायक : खेसारीलाल यादव, खुशबू जैन
फिल्म/एल्बम: ज्वाला
गीतकार: प्यारेलाल यादव
संगीतकार: अविनाश झा
लेबल: नव भोजपुरी
पीयर सरसों के रंग जैइसन पूरा देहिया खिलाइल बा
पीयर सरसों के रंग जैइसन पूरा देहिया खिलाइल बा
लागेला लागेला लागेला चांद धरती पे पीयरिया पेन्ह के आइल बा
लागेला चांद धरती पे पीयरिया पेन्ह के आइल बा
मयूरी पंख के जैइसन तू आंचर के उड़ावेलू
रहेना मांग में धड़कन नजर जब तू मिलावेलू
बसल जे प्यार ये दिल में दिहल ह तोहरे ये साजन
मिलेला साथ जब तोहर लागेला मौसम मनभावन
बान्हल केसिया के गजरा पे एक भंवरा लोभाएल बा
लागेला लागेला लागेला चांद धरती पे पीयरिया पेन्ह के आइल बा
लागेला चांद धरती पे पीयरिया पेन्ह के आइल बा
रंगल चानी के रंग देहिया सजल रहेला बसाना के
रुप उजियार कइले बा ए दिल में कौना बना के
भइल बा फूल अब खिल के कली कचनार ये सैंया
करेला मन करि अब हम सात श्रृंगार ऐ सैंया
मनायी आंख देखी भोर के किरिन लजाईल बा
लागेला लागेला लागेला चांद धरती पे पीयरिया पेन्ह के आइल बा
लागेला चांद धरती पे पीयरिया पेन्ह के आइल बा
सनन सननन सननन सनन सननन सननन
0 comments:
Post a Comment