Page Nav

HIDE

Grid

GRID_STYLE

Hover Effects

TRUE

Breaking News

latest

Advertisement

Ads Place

जुग जुग जियसु ललनवा भवना के Jug Jug Jiyasu Lalanwa Bhawnama Ke --Bhojpuri Film Lyrics

फिल्म : पिया के गांव गायिका : अल्का याज्ञनिक एवं साथी संगीतकार : चित्रगुप्त जुग जुग जियसु ललनवा भवना के भाग जागल हो ललना लाल ह...








फिल्म : पिया के गांव
गायिका : अल्का याज्ञनिक एवं साथी
संगीतकार : चित्रगुप्त

जुग जुग जियसु ललनवा भवना के भाग जागल हो
ललना लाल होइहैं फूलवा के दीपक मनवा में आस लागल हो
जुग जुग जियसु ललनवा भवना के भाग जागल हो
ललना लाल होइहैं फूलवा के दीपक मनवा में आस लागल हो

आजू के दिनवा सुहावन रतिया लुभावन हो
ललना दिदिया के होरिला जनम ले
होरिलवा बरा सुन्दर हो
ललना दिदिया के होरिला जनम ले
होरिलवा बरा सुन्दर हो

नथिया तहावे जेसे बाबूजी के अंखिया हमार नीचे हो
ललना मुंहवा ह चन्दा, सूरूजवा, त सगरो अंजोर भइले हो
ललना मुंहवा ह चन्दा, सूरूजवा, त सगरो अंजोर भइले हो

सासु सुहागिन बर भागिन, अन धन लुटावेली हो
ललना दुअरा पे बाजेला बधैया अंगनवा उठे सोहर हो
ललना दुअरा पे बाजेला बधैया अंगनवा उठे सोहर हो

नाची-नाची गावेली बहिनिया, ललन के खेलावेली हो
ललना हंसी हंसी केहू के जलावेली रस बरसावेली हो
ललना हंसी हंसी केहू के जलावेली रस बरसावेली हो

जुग जुग जियसु ललनवा भवना के भाग जागल हो
ललना लाल होइहैं फूलवा के दीपक मनवा में आस लागल हो


No comments



Advertisement

As You Like It