भरत शर्मा व्यास आ........ जहिया बिहसि कली त चटकबे करी देखे वाला के मनवा बहकबे करी चाहे बगिया में केतनो संभरी के चल...
भरत शर्मा व्यास
आ........
जहिया बिहसि कली त चटकबे करी
देखे वाला के मनवा बहकबे करी
चाहे बगिया में केतनो संभरी के चल
कांट बारे त अंचरा अटकबे करी
पटना से पाजेब बलम जी
हो....हो..... हो.....
पटना से पाजेब बलम जी
अरे आरा से होंठ लाली
मंगाइद छपरा से चुनरिया छींट वाली
मंगाइद छपरा से चुनरिया छींट वाली
पटना से पाजेब बलम जी
अरे आरा से होंठ लाली
मंगाइद छपरा से चुनरिया छींट वाली
झुमरी तलैया से झोंप दरी झुमका
झुलनी बनेले रंग बाढ़ जिला दुमका
बीकानेरी बिंदिया चमचम
बीकानेरी बिंदिया चमचम
बनारस से बाली
कि मंगाइद छपरा से चुनरिया छींट वाली
कानपुर से कंगना कि बंबई से बाला
जिला मोतिहारी से मोतियान की माला
हाजीपुर से हारा हंसुलिया
हाजीपुर से हारा हंसुलिया
हाथरस से हाली
कि मंगाइद छपरा से चुनरिया छींट वाली
बलिया से बिछिया गोरखपुर से गोरहरा
मिर्जापुर से मेहंदी मंगाई दिह कजरा
लखनऊ से लहंगा महंगा
लखनऊ से लहंगा महंगा
चोलिया लागल काली
कि मंगाइद छपरा से चुनरिया छींट वाली
पहिरी संवर के अइब तोरे पजरा
केसरी ओढ़ा देबो चुनरी के अचरा
सपना में तब नाची सजना
सपना में तब नाची सजना
नेहिया देवे ताली
कि मंगाइद छपरा से चुनरिया छींट वाली
पटना से पाजेब बलम जी
अरे आरा से होंठ लाली
मंगाइद छपरा से चुनरिया छींट वाली
No comments