फिल्म : गंगा जैसन भौजी हमार गायक : उदित नारायण और अल्का याज्ञनिक गीतकार : समीर संगीतकार : चित्रगुप्त भौजी ए भौजी गंगा जैइसन ...
फिल्म : गंगा जैसन भौजी हमार
गायक : उदित नारायण और अल्का याज्ञनिक
गीतकार : समीर
संगीतकार : चित्रगुप्त
भौजी ए भौजी
गंगा जैइसन भौजी हमार
गंगा जैइसन भौजी हमार
देवरजी तू तऽ लछमन के अवतार
देवरजी तू तऽ लछमन के अवतार
गंगा जैइसन भौजी हमार
हो-गंगा जैइसन भौजी हमार
माइ के न देखलीं माइ के न जनलीं
जनमे से सब कुछ तोहरा के मनलीं
हो माइ के न देखलीं माइ के न जनलीं
जनमे से सब कुछ तोहरा के मनलीं
तू ही भौजाई तू हमार माई
तू ही भौजाई तू हमार माई
तोहरा से पौउली सब प्यार दुलार
गंगा जैइसन भौजी हमार
गंगा जैइसन भौजी हमार
देवरजी तू तऽ लछमन के अवतार
गंगा जैइसन भौजी हमार
कोखिया से हमरे तू ना जनम लऽ
बाकी हर घड़ी तू ही प्रनवा में रह लऽ
कोखिया से हमरे तू ना जनम लऽ
बाकी हर घड़ी तू ही प्रनवा में रह लऽ
तू हमार सुरुज तू ही चनरमा
तू हमार सुरुज तू ही चनरमा
तोहरा के किरन से चमके घर संसार
गंगा जैइसन भौजी हमार
हो-गंगा जैइसन भौजी हमार
देवरजी तू तऽ लछमन के अवतार
गंगा जैइसन भौजी हमार
जिनगी में बचवा तू जहां कहीं जाइह
अपनी भौजिया के कबो ना भुलैइह
जिनगी में बचवा तू जहां कहीं जाइह
अपनी भौजिया के कबो ना भुलैइह
माइ तू हमरा के देहलू जिनिगिया
माइ तू हमरा के देहलू जिनिगिया
तोहरा के देवे भला कैसे बिसार
गंगा जैइसन भौजी हमार
हो-गंगा जैइसन भौजी हमार
देवरजी तू तऽ लछमन के अवतार
गंगा जैइसन भौजी हमार
गंगा जैइसन भौजी हमार
हो-गंगा जैइसन भौजी हमार
No comments