FALSE

Page Nav

HIDE
HIDE
HIDE

Grid

GRID_STYLE

Hover Effects

TRUE

Breaking News

latest

Advertisement

Ads Place

केहू के परान जाई फुटते किरीनिया Kehu Ke Paran Jaai Futate Kiriniya

फिल्म : फुटै किरीनिया गायक: मनोज तिवारी गीतकार: संगीतकार : धनंजय मिश्रा





फिल्म : फुटै किरीनिया
गायक: मनोज तिवारी
गीतकार:
संगीतकार : धनंजय मिश्रा


अरे जेकरा सीना पे तू खेलत रहतू
आज ओहिके रोवा के जा तारू
जे कि पैदा करे पालन पोषण 
आज वोही के छोड़ के तू जा तारू
छोड़ी माता पिता के घर बेटी
प्यार भैया औरी भाभी के
छोड़ि सब याद अपना बचपन के
संग सैंया सज के जा तारू

केहू के खिललवा चेहरा ओठे मुसकनिया
अरे केहू के खिललवा चेहरा ओठे मुसकनिया
केहू के परान जाई फुटते किरीनिया
केहू के परान जाई फुटते किरीनिया
केहू के खिललवा चेहरा ओठे मुसकनिया
केहू के खिललवा चेहरा ओठे मुसकनिया
केहू के परान जाई फुटते किरीनिया
केहू के परान जाई फुटते किरीनिया

बाबूजी के अंखिया के लोर सुखी गइलै
चुपचाप देख तारे मोतिया हेरैइले
अरे माई बेहाल बिया टूकुर टूकुर ताकेले
पागल मति भईल बिया दूर ही से झांकेले
माई बेहाल बिया टूकुर टूकुर ताकेले
पागल मति भईल बिया दूर ही से झांकेले
केहू के हिराइल हीरा केहू पवले रनिया
केहू के हिराइल हीरा केहू पवले रनिया
केहू के परान जाई फुटते किरीनिया
केहू के परान जाई फुटते किरीनिया

भईया के आज जाके बतिया बुझाइल 
का होले बहिन होला का ओकर बिदाई
भईया के आज जाके बतिया बुझाइल 
का होले बहिन होला का ओकर बिदाई
आज से परायी भइली छोटकी बहिनिया
आज से परायी भइली छोटकी बहिनिया
केहू के परान जाई फुटते किरीनिया
केहू के परान जाई फुटते किरीनिया

ससुरा में जोहत होइहें सासु अम्मा रहिया
उतरे दूआरी काल्ह छोटकी पतोहिया
अरे ससुरा में जोहत होइहें सासु अम्मा रहिया
उतरे दूआरी काल्ह छोटकी पतोहिया
केहू के अंगनवा उतरी नई दुल्हिनिया
केहू के अंगनवा उतरी नई दुल्हिनिया
केहू के परान जाई फुटते किरीनिया
केहू के परान जाई फुटते किरीनिया

खुश रहिया बेटी रखिह सबकर ध्यिनवा
नैहर के इज्जत रखिह ससुरा के मनवा
खुश रहिया बेटी रखिह सबकर ध्यिनवा
नैहर के इज्जत रखिह ससुरा के मनवा
गावेले मनोज भैया विधि के विधनिया
गावेले मनोज भैया विधि के विधनिया
केहू के परान जाई फुटते किरीनिया
केहू के परान जाई फुटते किरीनिया

केहू के खिललवा चेहरा ओठे मुसकनिया
केहू के खिललवा चेहरा ओठे मुसकनिया
केहू के परान जाई फुटते किरीनिया
केहू के परान जाई फुटते किरीनिया
केहू के परान जाई फुटते किरीनिया
केहू के परान जाई फुटते किरीनिया








No comments

As You Like