फिल्म : कैसे हो जाला प्यार गायक : पवन सिंह गीतकार: संगीतकार: लवली शर्मा लेबल: एंजेल म्यूजिक डायलॉग: लड़की: हमनीं के मि...
फिल्म : कैसे हो जाला प्यार
गायक : पवन सिंह
गीतकार:
संगीतकार: लवली शर्मा
लेबल: एंजेल म्यूजिक
डायलॉग:
लड़की: हमनीं के मिलन अब नइखे न होसकत
कुछ मजबूरी बा जेकरा कारण हम तोहसे न मिल सकीला
लड़का: काहे आखिर काहे
काहे रोअवलू जब हंसावे के ना रहे
काहे गुनगुनवलू जब गावे के ना रहे
आज आंसू पूछतानी एक प्रश्न बनके
काहे कइलू मोहब्बत जब निभावे के ना रहे
हूं हूं हूं हूं हूं हूं हूं
सनेहिया लगावल बहुत बात नइखे
सनेहिया लगावल बहुत बात नइखे
नजरिया चुरावल बहुत बात होला
केहु के मुआवल बहुत बात नइखे
मुआ के जियावल बहुत बात होला
समझे ना बनी तहार असली इरादा
रुपवा के जाल में धरा गईनीं दादा
हो समझे ना बनी तहार असली इरादा
रुपवा के जाल में धरा गईनीं दादा
केहु के रोआवल बहुत बात नइखे
केहु के रोआवल बहुत बात नइखे
रोआ के हंसावल बहुत बात होला
सनेहिया लगावल बहुत बात नइखे
नजरिया चुरावल बहुत बात होला
देखि देखि हमके अब त हंसता जमाना
पागल समान हदे भइनीं दीवाना
हूं देखि देखि हमके अब त हंसता जमाना
पागल समान हदे भइनीं दीवाना
असरा धरावल बहुत बात नइखे
असरा धरावल बहुत बात नइखे
असरा पुरावल बहुत बात होला
सनेहिया लगावल बहुत बात नइखे
नजरिया चुरावल बहुत बात होला
लाइ के सनेह तू त चली गइलु जब से
सुरुज के घाम हम त देखनीं न तब से
लाइ के सनेह तू त चली गइलु जब से
सुरुज के घाम हम त देखनीं न तब से
दिल डहकावल बहुत बात नइखे
दिल डहकावल बहुत बात नइखे
जियरा जुरावल बहुत बात होला
सनेहिया लगावल बहुत बात नइखे
नजरिया चुरावल बहुत बात होला
नजरिया चुरावल बहुत बात होला
No comments