Chalat Dagariya Pira Jala Panv Re Is Bhojpuri Nirgun Lyrics Sung By Rajan Maharaj . This Song Is Written By Traditional While Music Compo...
Chalat Dagariya Pira Jala Panv Re Is Bhojpuri Nirgun Lyrics Sung By Rajan Maharaj. This Song Is Written By Traditional While Music Composed By Traditional. It’s Released By Pujya Rajan Jee Youtube Channel.
फिल्म:
गायक: राजन महाराज (Singer: Rajan Maharaj)
गीतकार: पारंपरिक (Lyrics: Traditional)
संगीतकार: पारंपरिक (Music: Traditional)
चलत डगरिया पीरा जाला पीरा जाला पांव रे
झुनियो से दूर बा बलमुआ के गांव रे
जाएके अकेल बा संघी ना साथी
नईखे सवारी रेलगाड़ी घोड़ा हाथी
बीच दरियाव बा बीच दरियाव बा
दरियाव में नईखे नाव रे
झुनियो से दूर बा बलमुआ के गांव रे
करनी ना धरनी, त फेरा में परनी
बाड़ा रे कठिन बा पार कइल बैतरनी
तैरे न आवे तैरे ना आवे
तैरे ना आवे दरियाव में बा डुबाव रे
झुनियो से दूर बा बलमुआ के गांव रे
करब उहे पईब, कमईब उहे खईब
दोसरा के देख देख अनेरे पछतईब
सतुये पर सबुर कर सतुये पर सबुर कर
सतुये पर सबुर कर, अरे मिली ना पोलाव रे
झुनियो से दूर बा बलमुआ के गांव रे
No comments