Kaune Khotwa Mein Lukayilu Is Bhojpuri Nirgun (Ke Tohara Sange Jai) Lyrics Sung By Madan Rai . This Song Is Written By Sant Kabir While Mu...
Ads by Eonads
Kaune Khotwa Mein Lukayilu Is Bhojpuri Nirgun (Ke Tohara Sange Jai) Lyrics Sung By Madan Rai. This Song Is Written By Sant Kabir While Music Composed By Bharat Sharma Vyas. It’s Released By T-Series.
एल्बम - के तोहरा संगे जाई (Album: Ke Tohara Sange Jai)
गायक - मदन राय (Singer: Madan Rai)
गीतकार- संत कबीर ( Lyrics: Sant Kabir)
म्यूजिक - भरत शर्मा व्यास (Music: Bharat Sharma Vyas)
लेबल: टी-सीरीज (Lable: T-Series )
कौने खोतवा में हो कौने खोतवा में लुकइलु
अहिरे बालम चिरई अहिरे बालम चिरई
कौने खोतवा में हो कौने खोतवा में लुकइलु
अहिरे बालम चिरई अहिरे बालम चिरई
अहिरे बालम चिरई अहिरे बालम चिरई
बन बन ढूंढलीं दर दर ढूंढलीं
ढूंढलीं नदी क तीरे ढूंढलीं नदी क तीरे
सांझ के ढूंढलीं रात के ढूंढलीं
ढूंढलीं होत फजीरे ढूंढलीं होत फजीरे
जन में ढूंढलीं मन में ढूंढलीं
ढूंढलीं बीच बजारे ढूंढलीं बीच बजारे
आं आं आं आं हो हो हो हो हो
हिया हिया में पइस के ढूंढलीं
हिया हिया में पइस के ढूंढलीं
ढूंढलीं बिरह के मारे
कौने अंतरे में हो कौने अंतरे में समइलु
अहिरे बालम चिरई अहिरे बालम चिरई
हो चिरई
अहिरे बालम चिरई अहिरे बालम चिरई
बीत के हम हर घड़ी से पूछलीं
पूछलीं राग मिलन से पूछलीं राग मिलन से
छंद छंद लय ताल से पूछलीं
पूछलीं सुरगे मन से पूछलीं सुरगे मन से
किरन किरन से जाके पूछलीं
पूछलीं नील गगन से पूछलीं नील गगन से
आं आं आं आं हो हो हो हो हो
धरती और पाताल से पूछलीं
धरती और पाताल से पूछलीं
पूछलीं मस्त पवन से
कौने खोतवा में हो कौने सुगना पर लुभइलु
अहिरे बालम चिरई अहिरे बालम चिरई
हो चिरई
अहिरे बालम चिरई अहिरे बालम चिरई
मंदिर से मस्जिद तक देखलीं
गिरिजा से गुरुद्वारा गिरिजा से गुरुद्वारा
गीता और कुरान में देखलीं
देखलीं तीरथ सारा देखलीं तीरथ सारा
पंडित से मुल्ला तक देखलीं
देखलीं घरे कसाई देखलीं घरे कसाई
आं आं आं आं हो हो हो हो हो
सगरी उमिरिया छजनत जियरा
सगरी उमिरिया छजनत जियरा
कैसे तोहके पाईं
कौने बतिया पर हो कौने बतिया पर ठोंभइलु
अहिरे बालम चिरई अहिरे बालम चिरई
हो चिरई
अहिरे बालम चिरई अहिरे बालम चिरई
कौने खोतवा में हो कौने खोतवा में लुकइलु
अहिरे बालम चिरई अहिरे बालम चिरई
हो चिरई
अहिरे बालम चिरई अहिरे बालम चिरई
No comments