Muhava Se Bola Is Bhojpuri Film (Laagi Nahi Chhute Ram) Full Lyrics Sung By Manna Dey, Asha Bhosale . This Song Is Written By Ma...
Muhava Se Bola Is Bhojpuri Film (Laagi Nahi Chhute Ram) Full Lyrics Sung By Manna Dey, Asha Bhosale. This Song Is Written By Majrooh Sultanpuri While Music Composed By Chitragupta. It’s Released By Saregama.
फिल्म: लागी नाहीं छूटे राम (Album : Laagi Nahi Chhute Ram)
गायक: मन्ना डे, आशा भोंसले (Singer : Manna Dey, Asha Bhosale)
गीतकार: मजरूह सुल्तानपुरी (Lyricist : Majrooh Sultanpuri)
संगीतकार: चित्रगुप्त (Music: Chitragupta)
लेबल: सारेगामा (Lable: Saregama)
हां हां हां
बिना खोलले तू ओठवां के
गजब मुस्कान मारेलू
बोलावत लाज लागेला
त अंखिया से पुकारेलू
अजी मुहवां से बोल
कनखिया न मार
मुहवां से बोल
कनखिया न मार
हो हो हो हो हो
टोना ना जादू भइल बेकाबू
टोना ना जादू भइल बेकाबू
पटना के बाबू जवनियां संभार
जवनियां संभार
मुहवां से बोल कनखिया न मार
मुहवां से बोल कनखिया हो हो हो
आ ओ आ
न मानी दिल बिना दिलदार के बोली सुनले
न मानी दिल बिना दिलदार के बोली सुनले
न जाइब आज बिना प्यार के बोली सुनले
लुटइब जान तू बेकार में आशिक बनके
लुटइब जान तू बेकार में आशिक बनके
सुन जी बाद में इलजाम न देह हमके
अखियां ह खंजर अबरु कटारी
हो जाइब जख्मी बहुत न निहार
बहुत न निहार
मुहवां से बोल कनखिया न मार
मुहवां से बोल कनखिया हूंहूं
आं आं आ
उठा भर देइ जे हम एक कोना घूंघट के
उठा भर देइ जे हम एक कोना घूंघट के
गिरी बिजली जिगरवा कांप हो जाई फट के
कवन ह रंज जे हम दिल पे नाही झेलिले
कवन ह रंज जे हम दिल पे नाही झेलिले
अकेले दिल से नाही जान से भी पेलिले
मर जाई चाहे डरी जाई चाहे
चमके द बिजली घूंघटवा उतार घूंघटवा उतार
पटना के बाबू जवनियां संभार
पटना के बाबू जवनियां होहोहो
आं आं आं आं हो हो
केहु मजबूर के फरियाद सुनल कब जाई
केहू लाचार से सरकार मिलल कब जाई
केहु मजबूर के फरियाद सुनल कब जाई
केहू लाचार से सरकार मिलल कब जाई
बोलावे वाला जो तोहार नजर सच्चा बा
बोलावे वाला जो तोहार नजर सच्चा बा
इहां से जाइब कहां प्यार अगर सच्चा बा
आइब जरूरे लेकिन तू पहिले
आइब जरूरे लेकिन तू पहिले
दिल में मोहब्बत के दियवा त बार
हो दियवा त बार
मुहवां से बोल कनखिया न मार
मुहवां से बोल कनखिया हूंहूं
आं आं आं आं आं
बहुत ना रुपवालिन का गले में दिल फेंका
कहीं तू जाइके शीशा में पहिले मुंह देख
बहुत ना रुपवालिन का गले में दिल फेंका
कहीं तू जाइके शीशा में पहिले मुंह देख
हंसेलू रोज हमरा हाल पर देके ताना
हंसेलू रोज हमरा हाल पर देके ताना
कभी त प्यार से तू बोल द ए दीवाना
सौ बेर हमके कहलू बेगाना
सौ बेर हमके कहलू बेगाना
एक बेर आपन त कहिके पुकार
हो कहिके पुकार
पटना के बाबू जवनियां संभार
पटना के बाबू जवनियां संभार
मुहवां से बोल कनखिया न मार
मुहवां से बोल कनखिया हूंहूं

No comments