Saj Ke To Gayili Is Bhojpuri Film (Laagi Nahi Chhute Ram) Full Lyrics Sung By Lata Mangeshkar . This Song Is Written By Majrooh ...
Saj Ke To Gayili Is Bhojpuri Film (Laagi Nahi Chhute Ram) Full Lyrics Sung By Lata Mangeshkar. This Song Is Written By Majrooh Sultanpuri While Music Composed By Chitragupta. It’s Released By Saregama.
फिल्म: लागी नाहीं छूटे राम (Album : Laagi Nahi Chhute Ram)
गायक: लता मंगेशकर (Singer : Lata Mangeshkar)
गीतकार: मजरूह सुल्तानपुरी (Lyricist : Majrooh Sultanpuri)
संगीतकार: चित्रगुप्त (Music: Chitragupta)
लेबल: सारेगामा (Lable: Saregama)
सज के त गइनीं रामा पिया के नगरिया
से भुलाई हो गइले ना
हमरी माथे की टिकुलिया भुलाई हो गइले ना
हमरी माथे की टिकुलिया भुलाई हो गइले ना
दुश्मन त भइल आपन अंखिया घटक के
टिकवा में देखिले त जिया होला झट से
इहां उहां खोजे रामा मोरी नजरिया
के चुराई हो गइलीं ना
केहू आंखि के कजरवा
चुराई हो गइलीं ना
हमरी माथे की टिकुलिया भुलाई हो गइले ना
रहिया में जागल सुतल चलल जात रहनीं
चंपा के फुलवा जइसन खिलल बात रहनीं
एतने में आइल रामा कहीं से बयरिया
से उड़ाई हो गइले ना
हमरी पियरी चुनरिया उड़ाई हो गइले ना
हमरी माथे की टिकुलिया भुलाई हो गइले ना
जब से बिछुड़ गइले हम से सांवरिया
तब से उठेला नाहीं जिया में लहरिया
नाची त नाची रामा कइसे छमाछम
के हेराइ हो गइले ना
हमरे पग के पायलिया
हेराइ हो गइले ना
हमरी माथे की टिकुलिया भुलाई हो गइले ना

No comments