Page Nav

Grid

GRID_STYLE

True

TRUE

Hover Effects

TRUE

Pages

{fbt_classic_header}

Header Ad

Breaking News:

latest

Ads Place

सखी हो अइले ना मोर संवरिया

गायिका : रितू चौहान, शीला रावल, सोनी चौहान कजरी सखी हो अइले ना मोर संवरिया कैसे खेलब कजरिया ना सखी हो अइले ना मोर संवरिया कैसे ...



गायिका : रितू चौहान, शीला रावल, सोनी चौहान
कजरी

सखी हो अइले ना मोर संवरिया
कैसे खेलब कजरिया ना
सखी हो अइले ना मोर संवरिया
कैसे खेलब कजरिया ना
कि कैसे खेलब कजरिया ना
कि कैसे खेलब कजरिया ना
कि कैसे खेलब कजरिया ना
सखी हो अइले ना मोर संवरिया
कैसे खेलब कजरिया ना

झम झम झम झम बरसे सावन
झम झम झम झम बरसे सावन
दरदी बदरवा लागे डेरावन
दरदी बदरवा लागे डेरावन
चमके थम थम के बिजुरिया
मन में उठे लहरिया ना
चमके थम थम के बिजुरिया
मन में उठे लहरिया ना
कि मन में उठे लहरिया ना
कि मन में उठे लहरिया ना
सखी हो अइले ना मोर संवरिया
कैसे खेलब कजरिया ना
सखी हो अइले ना मोर संवरिया
कैसे खेलब कजरिया ना

सूना सूना घर अंगनाई
सूना सूना घर अंगनाई
मारे ताना इ पुरवाई
मारे ताना इ पुरवाई
जिंनगी भइली मोर अन्हरिया
बसले पिया शहरिया ना
जिंनगी भइली मोर अन्हरिया
बसले पिया शहरिया ना
कि बसले पिया शहरिया ना
कि बसले पिया शहरिया ना
सखी हो अइले ना मोर संवरिया
कैसे खेलब कजरिया ना
सखी हो अइले ना मोर संवरिया
कैसे खेलब कजरिया ना


अन्न पानी कुछ नीक ना लागे
अन्न पानी कुछ नीक ना लागे
अंखिया से इ नींदिया भागे
अंखिया से इ नींदिया भागे
इतना भेजली हम खबरिया
सौतीन भइली नौकरिया ना
इतना भेजली हम खबरिया
सौतीन भइली नौकरिया ना
कि सौतीन भइली नौकरिया ना
कि सौतीन भइली नौकरिया ना
सखी हो अइले ना मोर संवरिया
कैसे खेलब कजरिया ना
सखी हो अइले ना मोर संवरिया
कैसे खेलब कजरिया ना

परली झूला डोले मनवा
परली झूला डोले मनवा
कबले अइहैं मोर सजनवां
कबले अइहैं मोर सजनवां
हम त देखी रोज डगरिया
हमरो थाकल नजरिया ना
हम त देखी रोज डगरिया
हमरो थाकल नजरिया ना
कि हमरो थाकल नजरिया ना
कि हमरो थाकल नजरिया ना
सखी हो अइले ना मोर संवरिया
कैसे खेलब कजरिया ना
सखी हो अइले ना मोर संवरिया
कैसे खेलब कजरिया ना


No comments



close