]]> uautonoma.cl


Searching...
Tuesday, August 18, 2015

रिमझिम बरसेले बदरिया


गायिका : रितू चौहान, शीला रावल, सोनी चौहान
कजरी

रिमझिम बरसेले बदरिया
हम कजरिया गइवो ना
रिमझिम बरसेले बदरिया
हम कजरिया गइवो ना
कि हम कजरिया गइवो ना
कि हम कजरिया गइवो ना
कि हम कजरिया गइवो ना
अइले सावन में संवरिया
हम कजरिया गइवो ना
रिमझिम बरसेले बदरिया
हम कजरिया गइवो ना
रिमझिम बरसेले बदरिया
हम कजरिया गइवो ना

सावन की बूंदिया बड़ा लागे ला सोहावन हो
लागे ला सोहावन हो
भीगे ला तनवा बड़ा लागे मनभावन हो
लागे मनभावन हो
धानि भीगे ले चुनरिया, हम कजरिया गइबो ना
रिमझिम बरसेले बदरिया
हम कजरिया गइवो ना
रिमझिम बरसेले बदरिया
हम कजरिया गइवो ना

घुमरी घुमरी के आवे करिया बदरिया हो
करिया बदरिया हो
बहेली संगर संगर पुरवा बेयरिया हो
पुरवा बेयरिया हो
रही रही चमके रे बिजुरिया, हम कजरिया गइबो ना
रिमझिम बरसेले बदरिया
हम कजरिया गइवो ना
रिमझिम बरसेले बदरिया
हम कजरिया गइवो ना


गछिया बिरिछिया झूमे हरी हरी डारी हो
हरी हरी डारी हो
झींगुर कुसुमवा मन के फूल फलवारी हो
फूल फलवारी हो
गोरिया भइली सब चकोरिया, हम कजरिया गइबो ना
रिमझिम बरसेले बदरिया
हम कजरिया गइवो ना
रिमझिम बरसेले बदरिया
हम कजरिया गइवो ना


कुंइया पोखरिया भरली केतवा बघारी हो
केतवा बघारी हो
तलवा तलैया सखिया लागे मनोहारी हो
लागे मनोहारी हो
पनिया चमकेली मछरिया,  हम कजरिया गइबो ना
रिमझिम बरसेले बदरिया
हम कजरिया गइवो ना
रिमझिम बरसेले बदरिया
हम कजरिया गइवो ना


अइहैं परदेशी सैंया झूला झूलावे हो
झूला झूलावे हो
पेंग लगावे हमरो मन हरसावे हो
मन हरसावे हो
हम त जोहिले डगरिया, हम कजरिया गइबो ना
रिमझिम बरसेले बदरिया
हम कजरिया गइवो ना
रिमझिम बरसेले बदरिया
हम कजरिया गइवो ना

0 comments:

Post a Comment

Popular Posts

loading...

Categories

 
Back to top!