]]> uautonoma.cl


Searching...
Monday, August 24, 2015

बदरा बरसे रिमझिम बूनिया


भरत शर्मा व्यास
कजरी
बदरा बरसे रिमझिम बूनिया
ढूके घर में पनिया ना
बदरा बरसे रिमझिम बूनिया
ढूके घर में पनिया ना
बदरा बरसे रिमझिम बूनिया
ढूके घर में पनिया ना
बदरा बरसे रिमझिम बूनिया
ढूके घर में पनिया ना

जहिया से बनल घरवा, तब छवाइल ना
जहिया से बनल घरवा, तब छवाइल ना
जहिया से बनल घरवा, तब छवाइल ना
जहिया से बनल घरवा, तब छवाइल ना
घुर घुर चुएले ओरयनिया, ढूके घर में पनिया ना
बदरा बरसे रिमझिम बूनिया
ढूके घर में पनिया ना

बलमा बेदर्दी, चली गइले विदेशवा ना
बलमा बेदर्दी, चली गइले विदेशवा ना
बलमा बेदर्दी, चली गइले विदेशवा ना
बलमा बेदर्दी, चली गइले विदेशवा ना
नया छोड़के घर में कनिया, ढूके घर में पनिया ना
बदरा बरसे रिमझिम बूनिया
ढूके घर में पनिया ना

अलगा जेठानी ननदो, बारी ससुरवा ना
अलगा जेठानी ननदो, बारी ससुरवा ना
अलगा जेठानी ननदो, बारी ससुरवा ना
अलगा जेठानी ननदो, बारी ससुरवा ना
घर में नइखे केहू पुरनिया, ढूके घर में पनिया ना
बदरा बरसे रिमझिम बूनिया
ढूके घर में पनिया ना

आफता में जियरा, सैंया नियरा बारे ना
आफता में जियरा, सैंया नियरा बारे ना
आफता में जियरा, सैंया नियरा बारे ना
आफता में जियरा, सैंया नियरा बारे ना
बदलल जाता भरत रहनिया, ढूके घर में पनिया ना
बदरा बरसे रिमझिम बूनिया
ढूके घर में पनिया ना


0 comments:

Post a Comment

Popular Posts

loading...

Categories

 
Back to top!