गायक : रितू चौहान, शीला रावल, सोनी चौहान
हमरो जगदम्बा मैया बड़ी दुलरी
मैया बड़ी दुलरी, मैया बड़ी दुलरी
हो मैया डोला चढ़के आवेली मोरा नगरी
हो मैया डोला चढ़के आवेली मोरा नगरी
हमरो शीतला मैया बड़ी सुनरी
मैया बड़ी सुनरी, मैया बड़ी सुनरी
हो मैया डोला चढ़के आवेली मोरा नगरी
गैया के गोबरा से अंगना निपैइती हो
अंगना निपैइती हो
गैया के गोबरा से अंगना निपैइती हो
ज्यों मां जानवती आइती मोर नगरी
हो मैया अंचरा से बहरती डगरी
हो मैया अंचरा से बहरती डगरी
हो मैया दुर्गा काली आवेली मोरा नगरी
हो मैया डोला चढ़के आवेली मोरा नगरी
गैया के घियुआ से दियुआ से दियरा जरैइती हो
दियरा जरैइती हो
गैया के घियुआ से दियुआ से दियरा जरैइती हो
दियरा जरैइती हो
जऊवां मां जानती आइती मोर नगरी
हो मैया लाले लाले चुुडिय़ा रंगती चुनरी
हो मैया लाले लाले चुुडिय़ा रंगती चुनरी
हो मैया ज्योता वाली आवेली मोरी नगरी
हो मैया डोला चढ़के आवेली मोरा नगरी
राह घाटे अरहुल के फूलवा लगैती
फूलवा लगैती
राह घाटे अरहुल के फूलवा लगैती
फूलवा लगैती
जऊवां मां जानती जाइती मोर नगरी
हो मैया बेली फूलवा तोहरो सजइती झंगरी
हो मैया बेली फूलवा तोहरो सजइती झंगरी
हो मैया शेरा वाली आवेली मोर नगरी
हो मैया डोला चढ़के आवेली मोरा नगरी
नरियर सोपारी पान तोहरो चढ़ैइती हो
तोहरो चढ़ैइती हो
नरियर सोपारी पान तोहरो चढ़ैइती हो
तोहरो चढ़ैइती हो
जऊ वां मां जानती जाइती मोर नगरी
हो मैया राधा मंदिर देवी के जुरैइती नगरी
हो मैया राधा मंदिर देवी के जुरैइती नगरी
हो भोली भाली आवेली मोरा नगरी
हो मैया डोला चढ़के आवेली मोरा नगरी
हमरो जगदम्बा मैया बड़ी दुलरी
मैया बड़ी दुलरी, मैया बड़ी दुलरी
हो मैया डोला चढ़के आवेली मोरा नगरी
0 comments:
Post a Comment