Searching...
Friday, October 9, 2015

मलिया के पुतवा बोलबले बानी




गायक: भरत शर्मा व्यास



मलिया के पुतवा बोलबले बानी माला मंगबले बानी हो 
मैया हो पुजवा के थारी हम सजबले बानी 
हवन जुटवले बानी हो 
मैया हो पुजवा के थारी हम सजबले बानी 
हवन जुटवले बानी हो 
मलिया के पुतवा बोलबले बानी माला मंगबले बानी हो 
मैया हो पुजवा के थारी हम सजबले बानी 
हवन जुटवले बानी हो 
मैया हो पुजवा के थारी हम सजबले बानी 
हवन जुटवले बानी हो 
मैया हो पुजवा के थारी हम सजबले बानी 
हवन जुटवले बानी हो 
मैया हो पुजवा के थारी हम सजबले बानी 
हवन जुटवले बानी हो 

हाट से बजजवा बोलबले बानी हो 
चंदनी लगबले बानी हो
मैया हो पूजा लेल पुअवा पकबले बानी
दिया ना जरबले बानी हो
मैया हो पूजा लेल पुअवा पकबले बानी
दिया ना जरबले बानी हो

गैया के गोबरा मंगबले बानी अंगना निपबले बानी हो
मैया हो निमिया के गछिया सजबले बानी
घुरूआ लगबले बानी हो
मैया हो निमिया के गछिया सजबले बानी 
घुरूआ लगबले बानी हो


गंगा जी के पनिया मंगबले बानी
देवल धोवबले बानी हो
मैयाहो झंडवा के बांस कटबवले बानी
झंडा सियबबले बानी हो
मैयाहो झंडवा के बांस कटबवले बानी
झंडा सियबबले बानी हो

टूटही मड़ैया छबबले बानी
कलश मंगबबले बानी हो
कि मैया हो पोती भर के श्रद्धा जगबले बानी
असरा लगबबले बानी हो
कि मैया हो पोती भर के श्रद्धा जगबले बानी
असरा लगबबले बानी हो

फुलवा से गोतिनी बुलबले बानी 
सोहर हम गबबले बानी हो
कि मैया हो सेवा में शिवपुरी के जुटबले बानी
भरत के बोलबबले बानी हो
कि मैया हो सेवा में शिवपुरी के जुटबले बानी
भरत के बोलबबले बानी हो
कि मैया हो सेवा में शिवपुरी के जुटबले बानी
भरत के बोलबबले बानी हो

मलिया के पुतवा बोलबले बानी माला मंगबले बानी हो 
मैया हो पुजवा के थारी हम सजबले बानी 
हवन जुटवले बानी हो 
मैया हो पुजवा के थारी हम सजबले बानी 
हवन जुटवले बानी हो 
----------------------

0 comments:

Post a Comment

loading...

advertisement

 
Back to top!