Searching...
Friday, July 10, 2020

बिनती करिले तोसे आज सुनिल ए शिवजी


गायक : उषा मंगेशकर व साथी 
फिल्म/एल्बम:  पिया रखिह सेनुरवा के लाज
गीतकार:  समीर
संगीतकार:  चित्रगुप्त
लेबल:  टी सीरीज

बिनती करिले तोसे आज
सुनिल ए शिवजी 
बिनती करिले तोसे आज
सुनिल ए शिवजी 
जैसे पारवतीजी के लाज 
रखल ए शिवजी
जैसे पारवतीजी के लाज 
रखल ए शिवजी
ओइसा नीक हमनीं के लाज 
रखिह ए शिवजी
ओइसा नीक हमनीं के लाज 
रखिह ए शिवजी

बसहा बैल सवार 
होइल ए शिवजी
बसहा बैल सवार 
होइल ए शिवजी
लेके भूत परेत के बारात 
अइल ए शिवजी
लेके भूत परेत के बारात 
अइल ए शिवजी
देवी पारवती से बियाह 
कइल ए शिवजी
देवी पारवती से बियाह 
कइल ए शिवजी

चनवा चमके ला तोहरे लिलार
बाटे तोहरे जटा में गंगधार
चनवा चमके ला तोहरे लिलार
बाटे तोहरे जटा में गंगधार
तोहरे गरवा में सर्पन के हार
शोहेला ए शिवजी
तोहरे गरवा में सर्पन के हार
शोहेला ए शिवजी
अइसन सुंदर रुपवा तोहर 
मोहेला ए शिवजी
अइसन सुंदर रुपवा तोहर 
मोहेला ए शिवजी

तू त औढरदानी महाराज,
सबके बन के सरताज
तू त औढरदानी महाराज,
सबके बन के सरताज
दिह पारवती जैइसन आन
मांगी ले ए शिवजी
दिह पारवती जैइसन आन
मांगी ले ए शिवजी
आज तोहरा से अमर सुहाग
मांगी ले ए शिवजी 
दिह पारवती जैइसन आन
मांगी ले ए शिवजी
आज तोहरा से अमर सुहाग
मांगी ले ए शिवजी 
आज तोहरा से अमर सुहाग
मांगी ले ए शिवजी 

0 comments:

Post a Comment

loading...

advertisement

 
Back to top!