FALSE

Page Nav

HIDE
HIDE
HIDE

Grid

GRID_STYLE

Hover Effects

TRUE

Breaking News

latest

Morning Pray


Hara Hara Shambhu
Singer: Abhilipsa Panda, Jeetu Sharma
Lable: Jeetu Sharma


Om Namah Shivay (Dhoon)
Singer: Hemant Chauhan
Music: Appu
Lable: Soor Mandir


Om Har Har Har Mahadev
Singer: Meera Rana, Tara Devi, Fatteman, Raj Bhandari & Chorus
Music: Radio Nepal


Ashutosh Shashank Shekhar
Singer: Sonu Nigam & Chorus
Film: Shiv Mahima
Music: Arun Paudwal


Mere Ghar Ram Aye Hain
Singer: Jubin Nautiyal
Lable: T-Series


Ads Place

कवना बिरीछिया ए चिरई Kavna Birichhiya Ye Chirayi--Bhojpuri Gavanahari (Gopal Rai) Lyrics

Kavna Birichhiya Ye Chirayi Is Bhojpuri Album Gavanahari (Gopal Rai) Lyrics Sung By Gopal Rai . This Song Is Written By  Anand ...



www.bhojpurigeetmala.in


Kavna Birichhiya Ye Chirayi Is Bhojpuri Album Gavanahari (Gopal Rai) Lyrics Sung By Gopal Rai. This Song Is Written By Anand Gahmari  While Music Composed By Gopal Rai. It’s Released By Wave Music.


एल्बम - गवनहरी  (Film: Gavanahari)

गायक - गोपाल राय (Singer: Gopal Rai )

गीतकार-आनंद गहमरी ( Lyrics: Anand Gahmari)

म्यूजिक - गोपाल राय (Music: Gopal Rai)

लेबल: वेब म्यूजिक (Lable: Wave Music )


माटी के मोह करत कंचन के काया जानि

अचके में काल आई प्रान के उड़ाई दिहें

खोनी खानि गरह निखहरे सुताई दिहें 

अरे माटी के ऊपर नीचे माटी गिराई दिहें

टोलवा परोसवा के लोग बटोराई सब

संसार के लेहाज तनि लोर ढरकाई दिहें

सबका से आगे आगे बेटा दौउरिके 

पांच बेरि घूमि मोहे आगि लगाई दिहें


कवना बिरीछिया ए चिरई 

खोतवा लगवलू जाके

कवना बिरीछिया ए चिरई 

खोतवा लगवलू जाके

सुनि कइके अंगना हमार हो 

उड़ी गइलू पंखिया पसार हो

कवना बिरीछिया ए चिरई 

खोतवा लगवलू जाके

कवना बिरीछिया ए चिरई 

खोतवा लगवलू जाके

सुनि कइके अंगना हमार हो 

उड़ी गइलू पंखिया पसार हो


नेहिया के डोरी तोरी चली गइलू छुपे चोरी

कवनी नगरिया कौने गांव हो

खोजिले मन में वन में 

धांय धांय घर आंगन में

धरती आकाशे ठांवे ठांव हो

देके ना पता गइलू कहवां लपाता भइलू

देके ना पता गइलू कहवां लपाता भइलू

हो गइलू काहे तू फरार हो 

सून कइके अंगना हमार हो


सुरुज आ चनवां से गगरी पवनमां से 

पूछी लुकइलू कौने खोह हो

तलवा तलैयन से कहनी तरैइयन से

केहू नाहीं देत कौनो जोह हो

केनके से पूछी जाई तोहरा के कैसे पाईं

केनके से पूछी जाई तोहरा के कैसे पाईं

केकरा से करी अब गोहार हो 

उड़ी गइलू पंखिया पसार हो


काहे तू अइसन कइलू 

कुछुओ ना कहिके गइलू

बतिया के लागल कौनै ठेस हो

कहलू जवन जब जइसे 

कइनीं हम तुरते तैइसे

कब दइ गइलू कलेस हो

अपने त लांघी गइलू लमहर सगरवा के

अपने त लांघी गइलू लमहर सगरवा के

हमरा के छोड़ि एहि पार हो 

उड़ी गइलू पंखिया पसार हो


पिया तोहके लेइ भागल 

तोहरो ना भनक लागल

कवनो बहेलिया धइब बझाइ के

हिले ना डुले दिहलस 

धिरहूं से बोले दिहलस

अचके में कइलस धकिया पाइ के 

आनंद गोपाल सुतले रहि गइले नाहि जनले

आनंद गोपाल सुतले रहि गइले नाहि जनले

जागल ना कुकरो रखवार हो

उड़ी गइलू पंखिया पसार हो

सून कइके अंगना हमार हो

उड़ी गइलू पंखिया पसार हो

सून कइके अंगना हमार हो






No comments