Ae Ho Piya Is Bhojpuri Sad (Film :-Pyar Mohabbat Jindabad) Lyrics Sung By Kalpana. This Song Is Written By Vinay Bihari While Music C...
Ae Ho Piya Is Bhojpuri Sad (Film :-Pyar Mohabbat Jindabad) Lyrics Sung By Kalpana. This Song Is Written By Vinay Bihari While Music Composed By Vinay Bihari. It’s Released By Wave Music.
Film :- Pyar Mohabbat Jindabad फिल्म: प्यार मोहब्बत जिंदाबाद
Singer :- Kalpana गायक: कल्पना
Lyrics - Vinay Bihari गीतकार: विनय बिहारी
Music - Vinay Bihari संगीतकार: विनय बिहारी
Label :- Wave Music लेबल: वेब म्यूजिक
पीरा पीरितिया के पीयर बा कइले
प्रीतम ना अंखियन के पास
पल पल पहाड़ नियन लागे समैया
जियरा रहेला ए राजा आठों पहिरया
तोहरा बिन उदास
बसंती बेयार बहल सरसों फूलाइल
बसंती बेयार बहल सरसों फूलाइल
ए हो पिया काहे बड़ा तू भुलाइल
ए हो पिया काहे बड़ा तू भुलाइल
अंखिया के अंसुआ से कजरा धोआइल
अंखिया के अंसुआ से कजरा धोआइल
ए हो पिया काहे बड़ा तू भुलाइल
ए हो पिया काहे बड़ा तू भुलाइल
नैना निहारन चाहे तोहरी सूरतिया
अइब कबो अंखियन के पास
जीववा बुझाला बरिस जइसन संवरिया
देहिया भइल बा दिन दलास
ब्याकुल बिरह में तोहरा बानी अकुलाइल
ब्याकुल बिरह में तोहरा बानी अकुलाइल
ए हो पिया काहे बड़ा तू भुलाइल
ए हो पिया काहे बड़ा तू भुलाइल
चली आब राजा हमसे बिरह न सहात बा
जोहतानी असरा तोहार
निरमोही भइल काहे समझ में न आवे
प्यार में त गलती बा हमार
हाय सनेहिया के बाढ़ दिल में बाटे बढियाइल
ए हो पिया काहे बड़ा तू भुलाइल
ए हो पिया काहे बड़ा तू भुलाइल
ए हो पिया काहे बड़ा तू भुलाइल
ए हो पिया काहे बड़ा तू भुलाइल
No comments