Reliya Re Reliya Re Is Bhojpuri Sad (Film :- Pyar Mohabbat Jindabad) Lyrics Sung By Kalpana . This Song Is Written By Vinay Bihari Whi...
Reliya Re Reliya Re Is Bhojpuri Sad (Film :- Pyar Mohabbat Jindabad) Lyrics Sung By Kalpana. This Song Is Written By Vinay Bihari While Music Composed By Vinay Bihari. It’s Released By Wave Music.
Film :- Pyar Mohabbat Jindabad फिल्म: प्यार मोहब्बत जिंदाबाद
Singer :- Kalpana गायक: कल्पना
Lyrics - Vinay Bihari गीतकार: विनय बिहारी
Music - Vinay Bihari संगीतकार: विनय बिहारी
Label :- Wave Music लेबल: वेब म्यूजिक
रेलिया रे रेलिया रे
रेलिया रे ले चल संवरिया के गांव रे
रेलिया रे ले चल संवरिया के गांव रे
चलल नाहीं जाला चलल नाहीं जाला
छाला पड़ गइल बाठे दुनु पांव रे
हो रेलिया रे ले चल संवरिया के गांव रे
रेलिया रे
याद बगिया के आवे याद पनघट के आवे
याद झुलवा के आवे नदी के तट के आवे
याद बगिया के आवे याद पनघट के आवे
याद झुलवा के आवे नदी के तट के आवे
देहिया बा हमरे लागे उनका भीर जान बा
अलग होके जीनगी जिय ल
अब नाहीं आसान बा
सुख जाई हरियर जीनगी
बिना मिले देहिया के ठांव रे
हो हो हो
हो रेलिया रे ले चल संवरिया के गांव रे
रेलिया रे
मिलन के आस बा मन में
अजब के पियास बा मन में
नयन देखन चाहत बाटे
सजन के दिल दरपन में
मिलन के आस बा मन में
अजब के पियास बा मन में
नयन देखन चाहत बाटे
सजन के दिल दरपन में
सांचल सनेहिया से संवरल श्रृंगार बा
का कहीं केतना कुहकर करेजा हमार बा
सैंया सैंया कहिके तरपी
सैंया सैंया कहिके तरपी
मनवा ना लागे कौनो ठांव रे
हो रेलिया रे ले चल संवरिया के गांव रे
रेलिया रे रेलिया रे
No comments